Maai Ke Newatle Bani Lyrics.The Latest Superhit Navratri Bhakti Song Sung By Pawan Singh & Shilpi Raj. This Song Is Written By Yadav Lalu W
Maai Ke Newatale Bani Lyrics – Pawan Singh & Shilpi Raj Lyrics
Singer | Pawan Singh & Shilpi Raj |
Music | Sargam Akash |
Song Writer | Yadav Lalu |
जय माँ ! जय जय माँ !
मईया के नेवतले बानी
बाकी हाथे से बानी सकेता
बड़ी दुविधा में परल बानी
केहू मंगलो पs कुछऊ ना देता
सुनी ना !
देहि पs के गहना गुरिया
बेच लाई भले ऐ राजा
की माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
की माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
खले ऐ राजा !
लाईब चूड़ी लहठी बाला
लाले रे कलर के
दुलरी दुलारी लगिहे
सज के सँवर के
ऐ धनि कुछ दोसर उपाय तू लगावs
ना तs नईहर से पईसा मंगावs
छोड़ी एगो काम करी !
बेचब ना जदि गिरवी
रखी आई तले ऐ राजा
की माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
की माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
खले ऐ राजा !
धई के सोना चाँदी का
होई ऐ सईया
भरल रही सब कुछ आ
उदास लगिहे मईया
ऐ हो समईया जस जस बीतल जाता
पवन के अकील जहुआता
काहे ?
लालू आकाश से ले लेब
उधार पईचा चले ऐ राजा
माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
की माई के सिंगार में ना
कमी कवनो खले ऐ राजा
खले ऐ राजा !