Maiya Ke Gahana Gadhawani Lyrics.The Latest Bhojpuri Bhakti Song Sung By Pawan Singh. This Song Is Written By Arun Bihari While Music Composed By Chhotu Rawat.
Maiya Ke Gahna Gadhawani Lyrics – Pawan Singh Lyrics
Singer | Pawan Singh |
Music | Chhotu Rawat |
Song Writer | Arun Bihari |
मईया खातिर गहना गढ़वले रही
हीरा मोती ओह मे मढ़वले रही
मईया खातिर गहना गढ़वले रही
हीरा मोती ओह मे मढ़वले रही
पेन्हाईब अपने हाथे
सातो बहिना एके साथे
जुटल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा !
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी !!
हँसेली ना बोलेली नाही मुँह खोलेली
तवले पूछ देले भैरो भईया
बहिनी बतावs तू कवन चीज चाहि
लाके देहब एहि थईया
हँसेली ना बोलेली नाही मुँह खोलेली
तवले पूछ देले भैरो भईया
बहिनी बतावs तू कवन चीज चाहि
लाके देहब एहि ठईया
केहू नईखे पूछत डरे
आईल बाड़ी सेवका घरे
गुसल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा !
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी !!
माफ करी ऐ मईया भूल चूक हमरो
हम हई रउरे सेवकवा
अरुन बिहारी पवन जोड़े दुनो हथवा
छोटुवो झुकावे आपन मथवा
माफ करी ऐ मईया भूल चूक हमरो
हम हई रउरे सेवकवा
ऋतिक पुतुल दीपक जोड़े दुनो हथवा
अमितवो झुकावे आपन मथवा
फूले ना समाये लगली
मईया मुस्काये लगली
कुसल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी
कईसे ते नथिया गढ़ले रे सोनरा !
टूटल तs मईया हमार रुसल बाड़ी !!